Type Here to Get Search Results !

भोजपुरी शायरी - Bhojpuri Shayari with image

भोजपुरी शायरी - Bhojpuri Shayari 


रात में जागल मत कर् सूत लीहल कर्,
अइसहीं मन में आँसू मत रोकल कर् रो लिहल कर्..!
हमरा ईयाद में त हरमेसे रहेलस गुमसुम,
कबो कबो अपनो के ईयाद कर् लिहल कर्..!!


......................................................................................



 दरद दे के दरद बढावल ना जाला,
दीप जलाके दीप बुझावल ना जाला..!
प्रेम केतनो बढ़ी पर बेगाना ना होई,
दिल लगाके दिल हटावल ना जाला..!!



घुट घुट के भितरे भितरे दर्द के लोर पी रहल बानी,
कागज कलम के सँघतिया बना के होठवा के सी रहल बानी..!
मन होला मर जइतीं उनके चौकठ पर जा के,
उनकर बदनामी के डर से आज ले जी रहल बानी..!!



 जिनिगी अब पहाड़ जइसन लागे लगल बा
सुखला में बाढ़ जइसे लागे लगल बा..!
कुछुओ कहाँ बा आपन अब, सब झूठीये के भरम बा
साँसो अब उधार जइसन लागे लगल बा..!!


bhojpuri shayari

bhojpuri shayari in hindi
bhojpuri funny shayari
bhojpuri shayari wallpaper
bhojpuri sad shayari
bhojpuri shayari download
hindi shayari
bhojpuri shayari video
bhojpuri shayari in english

Post a Comment

1 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.
  1. बहुत अच्छा लागल इ साइट ने आके।नीक लागत शायरी!

    ReplyDelete